निजीकरण के बीमारी#राजेश निषाद हिंदुस्तानी जी द्वारा अद्भुत रचना#

*भोजपुरी गीत*
  18-09-2020

*निजीकरण के बीमारी*

खा गइल नोकरी सरकारी
आयिल निजीकरण के बिमारी
देशवा चलइहें बेयापारी 
आयिल निजीकरण के बिमारी

रेल बिकल,सेल बिकल,बिकल बीपीसीएल
एयर इंडिया में अबत मुश्किल बा घूमल
चारो ओर बाटे मारा-मारी
आयिल निजीकरण के बीमारी

पेंशन गइल त जेकरा आवत रहल हंसी
उहो रिटायर होइहें अब ते जबरजस्ती
सबहीं के खाई पारा-पारी
आयिल निजीकरण के बीमारी

बढी महंगाई सुख-सुबिधा देखा के
मरिहें गरीब भले जहर-माहुर खा के
बढि गरीबी-बेरोजगारी
आयिल नीजिकरण के बिमारी

*राजेश निषाद हिंदुस्तानी*
*महराजगंज, उत्तर प्रदेश*
       मौलिक रचना
             ©®

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ